Tohake Bulawe Aapan Gaon

Tohake Bulawe Aapan Gaon

Arrjun Pandey

Длительность: 3:38
Год: 2025
Скачать MP3

Текст песни

शहर के घर में बइठल-बइठल
जब-जब खिड़की खोली
हमके पुकारे पीपर-पोखरा
संगियन के ऊ टोली
पूछे लागे कबले अइबा,कबले राह तकाई
तोहके बुलावे गंऊवा, तोहके बुलावे माई


ऑफिस के ठंडा हवा में मनवा सूख गइल बा।
बाग-बगइचा ताल-तलैया देखले जुग भइल बा।
तर-त्यौहार में समझ ना आवे केकरा घरें जाई
तोहके बुलावे गंऊवा... तोहके बुलावे माई।


पिज़्ज़ा-बर्गर क़तनो खाई,मन के ठेकुआ भावेला
लिट्टी-चोखा के चटकारा दिल में धुआं उठावेला
शहर में धन कमाके 'अतुल', माटी गइलs भुलाई
तोहके बुलावे गंऊवा,तोहके बुलावे माई....