Jhumka Jhulaniya

Jhumka Jhulaniya

Kalpana

Длительность: 3:53
Год: 2016
Скачать MP3

Текст песни

आ आ ला ला ला ला ला
झुमका झुलनिया हार
हसुली नथुनिया चाहे कजरा के धार

झुमका झुलनिया हार
हसुली नथुनिया चाहे कजरा के धार
तोहार एक मुस्कान
हमार सोरहों सिंगार राजा सोरहों सिंगार
तोहार एक मुस्कान
हमार सोरहों सिंगार राजा सोरहों सिंगार

तोहरे से बाटे राजा सिन्होरवा में लाली
मँगिया के हमरा करेला रखवाली
तोहरे से बाटे राजा सिन्होरवा में लाली
मँगिया के हमरा करेला रखवाली
कमर करधनिया चाहे पाव पैजनिया
सईंया सब बा तोहार
तोहार एक मुस्कान
हमार सोरहों सिंगार राजा सोरहों सिंगार
तोहार एक मुस्कान
हमार सोरहों सिंगार राजा सोरहों सिंगार

पियवा के प्यार बिना सब बा अधूरा
सनेहीया से देखला पऽ हो जाला पुरा
पियवा के प्यार बिना सब बा अधूरा
सनेहीया से देखला पऽ हो जाला पुरा
चढ़ली जवनिया चाहे सेज पे सजनिया
राजा बिन बा उजाड़
तोहार एक मुस्कान
हमार सोरहों सिंगार राजा सोरहों सिंगार
तोहार एक हा हा
राजा सोरहो सिंगार
हमार सोरहों सिंगार