Saj Ke Sawar Ke
Khesari Lal Yadav
2:50बोली बोली छट्टी मइया की जय ऐ जी का ? हर बार हमनी छठ गा-बजा के ए तरीका से करबे करेलीं हाँ त कहे ना अबकी बारी कुछ नया तरीका से गा के छठ मनावल जाव ? पूजा के नया तरीका होला का ? हाँ जी कुछ गाई ना हाँ, त पहिले तुहीं शुरू कर हाँ, त सुनी पेंहीं ना बलम जी पियरिया चली छपरा के घाट (चली छपरा के घाट) कांच ही बांस के बहंगिया बहंगी लेके चलब घाट (बहंगी लेके चलब घाट) का जी ? पुरनके नियन गावे लगनी ? तनी DJ में गाई DJ मैं कईसे ? तुहीं शुरू कर हाइसे पेंहीं ना बलम जी पियरिया एजी पेंहीं ना बलम जी पियरिया चली छपरा के घाट (चली छपरा के घाट) कांच ही बांस के बहंगिया बहंगी लेके चलब घाट (बहंगी लेके चलब घाट) ऐ अम्मा जी, तनी रउरो नाची बाट जे पूछेला बटोहीया बाट जे पूछेला बटोहीया ई दल केकरा के जाये (ई दल केकरा के जाये) तू त आन्हर हउवे रे बटोहीया तू त आन्हर हउवे रे बटोहीया ई दल छठी माई के जाये (ई दल छठी माई के जाये) कांच ही बांस के बहंगिया बहंगी लचकत जाये (बहंगी लचकत जाये बहंगी लचकत जाये) करी ना सासु अम्मा जी तइयारिया अरघ के बेरा बीतल जाये (अरघ के बेरा बीतल जाये) पेंहीं ना ऋषभ के पापा पियरिया दउरा घाटे पहुंचाये (दउरा घाटे पहुंचाये) मम्मी, हमू चली छठी घाटे पटाखा छोड़े ? अरे तू का करे जइबू ? पटाखा फोर के हमार साड़ी जरइबू ? मारब एक थाप छठी घाटे करबे ड्रामा ओहिजा हो जाई बवाल (ओहिजा हो जाई बवाल) जा रहे हैं पापा से बोलने मम्मी मरने की धमकी दे रही है। पापा साफ आतंकवादी हउ का ? काहे लइकवा के डरवले बाड़ू आई ? अरे ना जी बबुआ पर चटकन जन चलईह दिहल ह छठी माई के लाल (दिहल ह छठी माई के लाल) अच्छा ठीक बा, ना मारब ई त हमरो पता बा जी कृपा बनइह छठी मईया खुश रहो नईहर ससुराल खुश रहो अंगना दुवार खेसारी प बनवले रहिह प्यार हे छठी मईया तनी कश्यपो जी पर ध्यान देत रहिह विवाद से बचइह