Marad Ha Matha Ke Darad

Marad Ha Matha Ke Darad

Shivani Singh

Длительность: 3:07
Год: 2024
Скачать MP3

Текст песни

(मरद नाहीं, माथा के दरद हवऽ, राजा जी)

(मरद नाहीं, माथा के दरद हवऽ, राजा जी)

छने-छने मारेला ताना हो
घरे कइसे रही जनाना हो?
तुहीं बतावऽ?
तोहरा ले नीमन तो सुखी के बाटे
सुनर मिलल मरदाना हो

जाड़ा में दरद वाला सरद हवऽ, राजा जी

उठ जाए लहर, अइसन हरद हवऽ, राजा जी
तू मरद नाहीं, माथा के दरद हवऽ, राजा जी
तू मरद नाहीं, माथा के दरद हवऽ, राजा जी
तू मरद नाहीं, माथा के...

बुझलऽ?

(मरद नाहीं, माथा के दरद हवऽ, राजा जी)

बइठी के घरवे में खाए के बा
तोहरा ना जाए कमाए के बा
मिलल दहेज के रुपइया सधा ल
गउवाँ में करजा लगाए के बा

का भइल कुल तोहार degree हो?
जाता अब mood हमर बिगड़ी हो

आवे ना दया, तू निदरद हवऽ, राजा जी
बोलऽ

उठ जाए लहर, अइसन हरद हवऽ, राजा जी
तू मरद नाहीं, माथा के दरद हवऽ, राजा जी
तू मरद नाहीं, माथा के दरद हवऽ, राजा जी
तू मरद नाहीं, माथा के...

(मरद नाहीं, माथा के दरद हवऽ, राजा जी)

लगावे के मन करे फाँसी, पिया
छूटे ना तोहार बदमासी, पिया
देके तलाक मन करे तोहके
लेई लीहीं आसन जाके कासी, पिया

Prince Priyadarshi ना सूनेलऽ अरजी
जानेली Shivani भइल बाड़ऽ फरजी

देवे लगरी ना परद-परद हवऽ, राजा जी
सब खतम बाड़ऽ

उठ जाए लहर, अइसन हरद हवऽ, राजा जी
तू मरद नाहीं, माथा के दरद हवऽ, राजा जी
तू मरद नाहीं, माथा के दरद हवऽ, राजा जी
तू मरद नाहीं, माथा के...